F:- पुरुब आ पश्चिम घुमतानी काहे राउरा
माथवा पऽ लेके पिया भारी हई दउरा
पुरुब आ पश्चिम घुमतानी काहे राउरा
माथवा पऽ लेके पिया भारी हई दउरा
भईल बाटे भीड़ रगड़ाता शरीर हमार माथा अउजाईल बा
M:- बनी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा
बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
बनी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा
F:- याद करी कवना जगहा बनाके रही गईल जी
कुछउ तऽ होई ओहीजा बेदिया लगे धईल जी
M:- बाटे बड़ी भीड़ तऽ चिन्हाला ना जगहीया
केनीये से आईल रही गईनी कवना रहीया
F:- बितता बेरवा जे हो ताटे देरवा माथा अवजाईल बा
M:- बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा
बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा
F:- कहनी कि जल्दी चली राउवे कईनी लेट जी
करी उपहीया कवनो कबले करी वेट जी
M:- माथा नाही काम करे बानी कंफियूज
लागता कि बेदिया आपन दोसर कईलस यूज
F:- विशुनपुरी चन्दन करेले माई के वन्दन दिया दियरी बराईल बा
M:- बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा
बेदिया भुलाईल बा ए धनी हो
बानी हम अभागहा चिन्हाते नईखे जागहा बेदिया भुलाईल बा
कृष्णा हिंदू धर्म में एक प्रमुख देवता है। उन्हें विष्णु के आठवें अवतार के रूप में और अपने आप में सर्वोच्च भगवान के रूप में भी पूजा जाता है।
Copyright 2024-25 Bhakti Darshan . All rights reserved - Design & Developed by BD