शेरावाली जय जय माँ !
लाटावाली जय जय माँ !
जोतावाली जय जय माँ !
थावेवाली जय जय माँ !
जय हो !
पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
ऐ माई !
जय हो !
पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
काहे छोड़ के जाईल चाहत ई समाज बाड़ू का हो
समाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !
[म्यूजिक..]
जय हो माँ तेरी जय हो माँ !
जय हो माँ तेरी जय हो माँ !
जय हो !
तोहरा के देखी अईसे एतना उदास हो
हमनी के अटकल बा ऐ माई सांस हो
तोहरा के देखी अईसे एतना उदास हो
हमनी के अटकल बा ऐ माई सांस हो
तs काहे महिमा बरिसावत नाही आज बाड़ू का हो
आज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !
[म्यूजिक..]
जय हो !
अर्जी बा तोहरा से ऐ महारानी
हंसी दs ना ऐको बेरी हाथ जोड़तानी
ऐ माई !
जय हो !
अर्जी बा तोहरा से ऐ महारानी
हंसी दs ना ऐको बेरी हाथ जोड़तानी
खेसारी यादव राज के सुनत ना आवाज बाड़ू का हो
आवाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !
पूजा कईनी जा भर नवमी हो
आखिर भईल कवन कमी हो
काहे छोड़ के जाईल चाहत ई समाज बाड़ू का हो
समाज बाड़ू का !
काहे हँसत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का
काहे बोलत नइखू मईया हो नाराज बाड़ू का !
कृष्णा हिंदू धर्म में एक प्रमुख देवता है। उन्हें विष्णु के आठवें अवतार के रूप में और अपने आप में सर्वोच्च भगवान के रूप में भी पूजा जाता है।
Copyright 2024-25 Bhakti Darshan . All rights reserved - Design & Developed by BD