loader
blog_img
  • June, 04, 2021
  • by Admin

11 ग्यारह रुपईया

ऐ केवाड़ी खोलs हो !
के हs ?
अरे केवड़िया खोलबू तब नु बुझाई के हs ?
अच्छा रुकs !
बोलs का बात बा ?
चंदा !
चंदा !!
काम धंधा चलता मंदा आ तोहरा चाहि चंदा
आहो भउजी खिसियात काहे बाड़ू ?
जवने बा तवने दs !
का दी ?
251 काट दी का भाभी ?
का …?
251 ..!
हs ..!
ना भगबs लोग !


 
अबकी मिली ना देवरु चंदा
जिद कईल बा आदत गन्दा
माई बुझतारी सब मजबूरी
नाही चलता ठीक काम धंधा
बईठल बाड़े छव महीना से भईया
अच्छा जाए दs हल्ला ना करे के !
हम बुझतानी की कमाई नईखे भईल !!
लेकिन का करबू भउजी पुजवा तs करहि के नs पड़ी !
जवने बा तवने दs !!
अभी ना गईलs लोग !
काहे कईले बाड़ू हल्ला खोलs बक्सा के ताला दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
भाभी जतने ले जुरी पूजा कईल बा जरुरी दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
अईसे ना नु लउटावे के चाही खाली !
कुछउ तs दs !!
रुकs उपाय लगावतानी !

सुनs बड़ी परेशानी से चल रहल बा देवरु दाना आ पानी
दाना आ पानी !
ईहा दिक्कत में जिनगी कट रहल बा ई तs हम बुझतानी
हम बुझतानी !
सुनs ना !
माई कृपा जरूर भाभी करीहे करs अर्जी उहे नु दुःख हरिहे
रुकs करतानी कुछु उपईया
हई देखs ना दीपक बो भउजी पाचे रुपया देली हs !
तू कुछ बढ़ा के दे दs !!
अच्छा !
काहे कईले बाड़ू हल्ला खोलs बक्सा के ताला दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
भाभी जतने ले जुरी पूजा कईल बा जरुरी दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
ऐ भउजी ! देवी माई नाराज हो जईहे


 
बड़ी बानी मजबूर लेकिन देहब जरूर बाटे जेतने शक्ति
जेतने शक्ति !
दुनू हाथ जोड़ी हम माई करीहे रहम दिल से करम भक्ति
करम भक्ति !
ह..! अब बुझलुँ ?
दे दs श्रद्धा बा मन में जवन हो चंदा मांगे आईल बा पवन हो
पांच निशती सहाय होईहे मईया
जरूर कृपा होई हो !
हs तs अब नव दिन माई के पूजा पाठ करी ला !
कलशा धरी ला भूखी ला !!
तs अब माईये के नु सहारा बा !!!
काहे कईले बाड़ू हल्ला खोलs बक्सा के ताला दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
भाभी जतने ले जुरी पूजा कईल बा जरुरी दs ग्यारहों रुपईया
ग्यारहों रुपईया !
अब का 11 रुपया दी हई लs 101 रुपया !
चढ़ा दिहs पंडाल में हमरा ओरी से !!
जय माता दी !

side_img

दासी हु तेरी श्यामा

कृष्णा हिंदू धर्म में एक प्रमुख देवता है। उन्हें विष्णु के आठवें अवतार के रूप में और अपने आप में सर्वोच्च भगवान के रूप में भी पूजा जाता है।

Read More

Get update sign up now !